सुनी ऐ गउरा निहोरा करतानी,
हर लिही दिल के हमार परेशानी-2
हाथ जोड़ के मांगी भोला नियन दे दिह पति-1
अर्जी सुनी ऐ बाबा रोज देखाईब अगरबत्ती,
मेहर दिह हमके जईसन पवल पार्वती-2
अंतरा-1
ना हमके बोलेरो चाही ना टाटा सफारी,
सुन्दर सुशील बाबा चाही एगो नारी,
होखे लाखो मे एक माई दूल्हा हमार,
नाही धन दौलत नाही रूपिया हजार-1
देले बाबा सबके रउवो देखाई आपन सती-1
अर्जी सुनी ऐ बाबा रोज देखाईब अगरबत्ती,
मेहर दिह हमके जईसन पवल पार्वती-2
अंतरा-2
पवन सर्वेश मिथून प नजरीया फेर,
एह लगन मे शादी करा दी करी जनी देर,
राउर महिमा ह दुनिया मे अपरम्पार,
आईल बानी आश लेके हम रउरी दूवार-1
एह साल मे हमके बना दी श्रीमती-1
अर्जी सुनी ऐ बाबा रोज देखाईब अगरबत्ती,
मेहर दिह हमके जईसन पवल पार्वती-2