जय माता सरस्वती
गीतकार यादव राज
M- कहीं से भी कमी तोहमे थोड़ा नईखे
सुन भउजी के बहिन तोहार जोड़ा नईखे
F- कहीं से भी कमी तोहमे थोड़ा नईखे
सुन दीदी के देवर तोहार जोड़ा नईखे
अंतरा-
M- जबसे मिलल बा नैन ना चैन बाटे हो
बनावेला दुल्हिनिया मन बेचैन बाटे हो
F- हमरो भी हाल बाटे ए सोना तहरे जईसन
देख के तोहके हमके ई रोग लागल कईसन
M- पूरा एरिया में तोहसे केहु गोरा नईखे
सुन..
अंतरा-
M- कइले बाडू पागल साचो हमरा के करेजा
दिल फेफड़ा किडनी सब तहरे नामे बा लेजा
F- यादव राज अवनीश पहिले से बानी हम रेडी
कह त अबे ए हीरो सब लिखित में दे दी
M- तोहरा जस लइकी चारू ओरा नईखे