हमके लभर बनावे के ना कर तइयारी
बाबू हो जईब ग़रीब हमार खर्चा बाँ भारी
तोहरा इनकम से ज़्यादा तेल खाले हामार गाड़ी
बाबू..
अंतरा -
सप्ताह में शॉपिंग करीले सातो दिन
कबो जानी दूबई कबो घूमे जानी चिन हो
लागता सुनले ना बाड हमार चर्चा हो
तोहरा से मेण्टेन ना होई हमार खर्चा हो
बजट तोहार ना मोर नख़रा सम्हारी
बाबू हो..
अंतरा -
शौख हमार बाटे बड़ी नू हाई हो
अपने से आपन करी का बड़ाई हो
हर चीज होला हमार ब्रांडेड हो
लइकी हई हम बड़ी डिमांडेड हो
यादव राज हई तलवार हम दु धारी
बाबू..