केतनो करेले भले हमरा के तंगे
बाक़ी उनके देखब ना दोसरा के संगे २
निम्न चाहे बाउर हउवे हउवे हो हमरे हमरे रहींहे ख़ाली
झोटा उखाड़ लेहब ओकर नज़र मरद प जे डाली
अंतरा -
हम चाहे लड़ी चाहे झगड़ी
हमरे नू हउवन जवन मन करी
बाक़ी दोसरा के फ़ायदा उठावे ना देब
दिल के भीतरी केहू के बसावे ना देब
खइले क़सम बानी सेनूरा के अपना करब रखवाली
झोटा उखाड़ लेहब ओकर..
अन्तरा
यादव राज के, जाये ना दूर देब
केहू जे छुई मारी मुँह थुर देब
हम सईये ला सजब सवरब सखी
इनका खातीर हम दुनिया से लड़ब सखी
राखब सटाके जईसे रहेला ओठ से सटल ओठलाली
झोटा..