माटारा के खेतावा मे भातारा भुलाइले आईहो दादा।-2
अब ना भेजम माटारा के खेत आईहो दादा।
कवन सवतिनिया से करsतारे भेट आईहो दादा।
अब ना भेजम माटारा के खेत आईहो दादा।-2
(1)सोरहो सिंगार कके रोजे झमकाईला।
राजा जी हामार तबो सेज पs ना आईला।
तिरिया चरितर से बानी हम चेत आईहो दादा।
अब ना भेजम माटारा के खेत आईहो दादा-2
(2)सत्यवीर कुवांरे के हवे खेलाड़ हो।
राजा जी के रहते ना कटेला जाड़ हो।
फूल नाईट जागिये के करिले वेट आईहो दादा।
अब ना भेजम माटारा के खेत आईहो दादा-2