रे पाकिस्तान हमके आंख ना देखाऊ,
दम बा तऽ वार करे सामने से आऊ-2
ई घमंड नईखे भारत माता के शान ह
रप्पा रप्पा काटी ई देशवा महान हऽ-2
वीरन के धरती हमार हिंदुस्तान हऽ-2
अंतरा-1
पीठ पीछे करताड़े हमनी से घात,जहिया रड़ारे मे आ जईबे,
तहिये बुझा जाई तोर औकात,गोली मारब कि छितरा जईबे,
हमरा वतन पे तनिको जे आ जाई आंच,
पुरा दुनिया हिला (मिटा) देब ई कहिले सांच-1
जे जे छौकल बा ओकर त गईल परान हऽ-1
रप्पा रप्पा काटी ई देशवा महान हऽ-2
वीरन के धरती हमार हिंदुस्तान हऽ-2
अंतरा-2
चोरी चोरी सीमा पऽ करेले चढ़ाई,करेले गद्दारी रे,
सेना के जवान तोर अईठन छोड़ाई,करे ना दीही रंगदारी रे,
मुड़ी कटी भले जाई ना आन बान शान,
हमार देशवा महान ओहिमे बसेला जान-1
अबसे गलती ना करिहे इ हे फरमान हऽ-1
रप्पा रप्पा काटी ई देशवा नमहान हऽ-2
वीरन के धरती हमार हिंदुस्तान हऽ-2